ऑपरेटिंग सिस्टम

विकिपीडिया से

कौनों ऑपरेटिंग सिस्टम, (operating system) चाहे ओएस (OS), एगो अइसन सिस्टम सॉफ्टवेयर होला जे कंप्यूटर हार्डवेयर अउरी सॉफ्टवेयर संसाधन सभ के मैनेज करे ला आ कंप्यूटर प्रोग्राम सभ के सर्विस उपलब्ध करावे ला।

हार्डवेयर फंक्शन जइसे कि इनपुट आ आउटपुट सभ आ मेमोरी के एलोकेशन (आबंटन) नियर फंक्शन सभ खातिर ऑपरेटिंग सिस्टम के काम कंप्यूटर प्रोग्राम आ कंप्यूटर हार्डवेयर के बीचा में बिचौलिया नियर होला। ऑपरेटिंग सिस्टम अइसन सगरी यंत्र आ उपकरण सभ में होखे लें जिनहन में कंप्यूटर डिवाइस के इस्तेमाल होला। एकर मतलब ई भइल की कंप्यूटर इस्तेमाल करे वाला डिजिटल स्मार्ट घड़ी, मोबाइल फोन, बीडियो कंसोल से ले के वेब सर्वर आ सुपरकंप्यूटर ले, सभने में ऑपरेटिंग सिस्टम होखे ला।

सभसे चलनसार ऑपरेटिंग सिस्टम सभ में माइक्रोसॉफ्ट विंडोज के नाँव गिनावल जा सके ला। एकरे अलावा एप्पल इंक. कंपनी के मैकओएस, फिरी लाइसेंस वाला लिनक्स ऑपरेटिंग सिस्टम आ मोबाइल सभ खातिर इस्तेमाल होखे वाला एंड्राइड ऑपरेटिंग सिस्टम प्रमुख बाड़ें।