सौर ऊर्जा

विकिपीडिया से
(सौर उर्जा से अनुप्रेषित)
सोलर फारम में लागल फोटोवोल्टाइक यूनिट सभ

सौर ऊर्जा (Solar energy) सुरुज से निकले वाला रेडिएशन जे में प्रकाश आ गर्मी सामिल होला के बिबिध तकनीक से मनुष्य द्वारा उपयोग लायक बनावल गइल ऊर्जा हवे। ई सुरुज के गर्मी, फोटोवोल्टाइक सेल, सोलर थर्मल एनर्जी, सोलर आर्किटेक्चर, पघिलल नमक पावर प्लांट आ आर्टीफिशियल फोटोसिंथेसिस के रूप में हो सके ला। सुरुज से ऊर्जा हासिल करे के तकनीक में लगातार बिकास होखत रहल बा आ ई नाया तकनीक के उद्भव आ पुरानी तकनीक के दक्षता बढ़ा के हो रहल बाटे।

सौर ऊर्जा रिन्यूएबल ऊर्जा के महत्वपूर्ण स्रोत मानल जाला आ एकर टेकनालॉजी सभ के मोटा-मोटी दू हिस्सा में बाँटल जाला - पैसिव सोलर आ एक्टिव सोलर, ई बँटवारा एह बात पर निर्भर करे ला कि तकनीक कवना तरीका से सुरुज के रोशनी आ गर्मी के कैप्चर करत बा आ मनुष्य के इस्तेमाल लायक ऊर्जा में बदल रहल बा।

संदर्भ[संपादन करीं]