दशम झरना

विकिपीडिया से
दशम झरना
झरना के दृश्य
Locationराँची जिला, झारखंड, भारत
Coordinates23°08′36″N 85°27′59″E / 23.143358°N 85.466441°E / 23.143358; 85.466441.
Elevation336 मीटर (1,102 फीट)
Total height44 मीटर (144 फीट)
Number of drops2
Watercourseकाँची नदी

दशम भारतीय राज्य झारखंड के राजधानी राँची शहर से कुछ दूरी पर मौजूद एगो झरना बाटे। ई काँची नदी पर बनल झरना हवे जे खुद सुबर्णरेखा नदी के सहायिका हऽ। झरना के ऊंचाई लगभग 44 मीटर बा आ ई राँची के पठार के किनारा पर बने ला; आसपास एकरे पानी के गुंजन सुनाई पड़े ला।[1] काहें से कि राँची पठार के नदी सभ में मुख्य रूप से बरसात में पानी रहे ला ई झरना जून से सितंबर ले ख़ास देखे लायक होला। चूँकि, बरसात आ मानसून के सीजन में एह इलाका में भारी बरखा होला पर्यटक लोग कम आवे आ झरना के आसपास पर्यटक लोग के सभसे ढेर आवाजाही जाड़ा के मौसम में होला।

इहाँ तक पहुँचल आसान बा, राँची-जमशेदपुर सड़क पर राँची से लगभग 40 किलोमीटर के दूरी पर ई जगह पड़े ला।[2]

नाँव[संपादन करीं]

एकरा के दशम भा दसम झरना या फिर दसम घाघ[3] कहल जाला। एकर उत्पत्ती मुंडारी भाषा से बतावल जाले दाः सोङ शब्द से जेकर मतलब पानी नापल[1] या पानी उड़ेलल होला।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. 1.0 1.1 Mangal Sing Munda (2004). Chhaila Sandu. Rajkamal Prakashan Pvt Ltd. pp. 5–. ISBN 978-81-267-0937-3.
  2. Environment, Security and Tourism Development in South Asia: Tourism development in South Asia. Gyan Publishing House. 2004. pp. 39–. ISBN 978-81-8205-139-3.
  3. Jagir Singh Bajwa; Ravinder Kaur (2007). Tourism Management. APH Publishing. pp. 229–. ISBN 978-81-313-0047-3.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]

  • दशम झरना, राँची जिला के ऑफिशियल वेबसाइट (ranchi.nic.in) पर। (अंग्रेजी में)