पीसा

विकिपीडिया से
पीसा के कैथड्रल आ एकर मीनार

पीसा भा पीज़ा (अंग्रेजी: Pisa) इटली के बिचला हिस्सा के टस्कनी क्षेत्र में एगो शहर बा। इतिहासी रूप से अपना समुंदरी ताकत के रूप में जानल जाए वाला ई शहर पूरा दुनिया में जवना खास वजह खाती परसिद्ध बा, ऊ बा एहिजा मौजूद पीसा के ओरमल मीनार जे दुनियाँ भर में परसिद्ध बा काहें कि ई एगो तिरपट होखत मीनार हवे, ई एह शहर के मुख्य कैथड्रल (चर्च) के घंटा खातिर बनावल टावर हवे।

पीसा शहर के कुल आबादी 91,104 के आसपास बा आ इहाँ अउरी कई गो चर्च, इतिहासी महल आ पुल बाड़ें। पीसा के युनिवर्सिटी भी इतिहासी विश्वविद्यालय हवे आ 12वीं सदी में अस्थापित भइल रहे।

संदर्भ[संपादन करीं]