महाजनपद

विकिपीडिया से
Mahajanapadas on map of India
महाजनपद सभ के लोकेशन देखावत नक्सा

महाजनपद (महा माने बड़ भा बिसाल, जनपद माने पुराना भारतीय जन यानी खास समूह सभ के इलाका; संस्कृत: षोडश महाजनपद) पुराना जमाना में छठईं सदी से चउथी सदी ईसा पूर्ब के समय में, वर्तमान भारतीय उपमहादीप के इलाका में, सोरह गो[1] राज भा गणतंत्र रहलें। इनहन में दू गो के गणतंत्र (मने आज के समय के रिपब्लिक) सभ नियर होखे के अनुमान लगावल गइल बा आ बाकी सगरो राजा के शासन वाला मने कि राजतंत्र बेवस्था वाला राज रहलें।

कई बौद्ध ग्रंथ सभ में इनहन के बहुधा नाँव आवे ला आ ई बुद्धमहावीर के कुछ पहिले भा ओह लोग के समय के राजनीतिक बिभाजन रहल।[2] 6वीं–5वीं सदी ईपू के भारतीय इतिहास में एगो मोड़ के बिंदु के रूप में देखल जाला आ सिंधु घाटी सभ्यता के पतन के बाद दोबारा पहिली बेर भारत के इलाका में बड़ शहर सभ के उदै एही काल में भइल मानल जाला।

पुरातत्व के नजरिया से, ई काल 'उत्तरी करिया पालिशदार बर्तन वाली संस्कृति' (नदर्न ब्लैक पॉलिश्ड वेयर कल्चर) के समय हवे।

लिस्ट[संपादन करीं]

बौद्ध ग्रंथ अंगुत्तर निकाय, महावस्तु में जवना सोरह महाजनपद सब के नाँव आइल बा उनहन के लिस्ट नीचे दिहल जात बा:

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Ashirbadi Lal Srivastava; S. N. Dubey (1965). Bhāratavarsha kā rājanaitika tathā sāṃskr̥tika itihāsa. Śivalāla Agravāla.
  2. A. B. L. Awasthi (1969). Prācīna Bhārata kā itihāsa. [Lekhaka] Avadhabihārī Lāla Avasthī. Kail ̄śa Prakāśan. pp. 11-.