भारत में मवेशी हत्या

विकिपीडिया से
भारत के बीफ इंडस्ट्री मुख्य रूप से भँइस के माँस पर आधारित बाटे।[1]

भारत में मवेशी हत्या, मने कि दुधारू आ पालल जाए वाला जानवर सभ के माँस खातिर मारल, एगो बिबादास्पद बिसय बा। पालतू मवेशी सभ के माँस खातिर मारल हिंदू, बौद्ध, जैन आ सिख धर्म के माने वाला लोग धार्मिक कारण, जीव हत्या के पाप माने, अहिंसा आ देवी-देवता लोग के साथ जुड़ाव के कारण नीक ना माने ला, जबकि इस्लाम, ईसाई धर्म आ अउरी कई भारतीय धर्म सभ में अइसन कौनों मनाहीं भा रोक ना हवे कि मांस खाइल आ एकरा खाती जानवरन के मारल ठीक ना बूझल जाय। धार्मिक मान्यता के अलावा अउरी कई गो तर्क दिहल जाला जइसे कि देहाती अर्थब्यवस्था में एह मवेशी सभ में भारी जोगदान आ जीव हत्या के प्रति सामान्य मनाहीं के भाव।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. From Where the Buffalo Roam: India’s Beef Exports, Maurice Landes, Alex Melton, and Seanicaa Edwards (June 2016), United States Department of Agriculture, pages 1-6