लखनिया दरी

विकिपीडिया से

निर्देशांक: 24°57′32″N 83°00′32″E / 24.9588°N 83.00878°E / 24.9588; 83.00878

lakhaniya dari waterfalls
लखनिया दरी के झरना

लखनिया दरी भारतीय राज्य उत्तर प्रदेश के मिर्जापुर जिला में एगो झरना आ पिकनिक स्पॉट बाटे। ई बनारस[1]चुनार से आसानी से चहुँपे जोग जगह बाटे आ एकरा सभसे नजदीकी बजार अहरौरा हवे। एह झरना से कुछे दूर दक्खिन में एगो अउरी झरना बा जेकर नाँव चूना दरी हवे।

झरना आ पिकनिक स्पॉट के अलावा ई जगह इतिहासी महत्व के भी हवे काहें से कि एहिजा से आदिमानव काल के गुफा पेंटिग सभ मिलल बाड़ी सऽ।

लखनिया दरी के कुक दूर पुरुब ओर चंद्रप्रभा बन्यजीव अभयारण्य बाटे जे एह इलाका के प्रमुख पर्यटक आकर्षण हवे।

आवागमन[संपादन करीं]

लखानिया दरी पहुँचे के सभसे आसान रस्ता सड़क मार्ग से बा। बनारस से राबर्ट्सगंज जाए वाला हाइवे (NH-5A) पर अहरौरा से कुछ दूर आगे जाए पर एगो पातर सड़क दाहिने मुड़े ले जे लखनिया दरी रोड कहाला आ एह जगह से हो के वापस ओही हाइवे में फिर जा के मिल जाले।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "EXCURSIONS". varanasi.nic.in. Retrieved 2 जून 2018.