नियोम

विकिपीडिया से
नियोम
नियोम is located in Saudi Arabia
नियोम
नियोम
सउदी अरब में लोकेशन
Coordinates: 28°17′17″N 34°50′42″E / 28.28806°N 34.84500°E / 28.28806; 34.84500निर्देशांक: 28°17′17″N 34°50′42″E / 28.28806°N 34.84500°E / 28.28806; 34.84500
देससऊदी अरब
घोषणा भइल24 अक्टूबर 2017
Founded byमुहम्मद बिन सलमान
Government
 • डाइरेक्टरक्लॉस क्लेनफील्ड
Area
 • Total26,500 किमी2 (10,200 बर्ग मील)
Time zoneUTC+03 (अरब मानक समय)
Websitewww.discoverneom.com

नियोम (अंग्रेजी: NEOM, अरबी:نيومनियूम) सऊदी अरब में एगो प्रस्तावित मेगासिटी बाटे। प्रस्ताव के अनुसार जब ई बिसाल शहर बन के तइयार होखी तब एकर कुल रकबा लगभग 26,500 वर्ग किलोमीटर होखी आ एकर सीमा मिस्रजॉर्डन देसन के छुई।[1] एह मेगाशहर (यानी बहुत बिसाल शहर) के आर्थिक क्षेत्र के रूप में बिकसित करे के योजना बा आ ई लाल सागर के उत्तरी छोर पर आ अकाबा के खाड़ी के साथे जुड़ल किनारा तक ले बिस्तार लिहले होखी, ई लोकेशन भी महत्व के बा काहें से कि दुनिया के परसिद्ध जलमार्ग स्वेज नहर इहाँ से कुछे दूर पच्छिम में बा।

समाचरन के मोताबिक एकरा निर्माण खातिर पहिला ठीका (कांट्रेक्ट) मिलियो चुकल बा। वर्तमान ता'बुक शहर से लगभग 150 किलोमीटर पच्छिम में, लाल सागर के किनारा वाला हिस्सा में राजा लोग के महल आ अउरी शाही भवन सभ एह योजना के सभसे पहिला निर्माण होखिहें।[2]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "सऊदी मेगासिटी नियोम में क्या होगा खास? | वीडियो और तस्वीरें | DW | 26.10.2017". DW. Retrieved 2018-05-09.
  2. By Reuters (2018-02-08). "Saudi awards first contracts for $500bn Neom city - Construction,Saudi Arabia". ArabianBusiness.com. Retrieved 2018-05-09. {{cite web}}: |author= has generic name (help)