वॉन थ्यूनेन मॉडल

विकिपीडिया से
आधा बृत्त में चूड़ीदार ढंग से बनल पट्टी सभ जे अलग-अलग खेती के किसिम देखावत बाड़ी
खेती के लोकेशन मॉडल; अलग-आलग पट्टी अलग किसिम के खेती देखा रहल बा जबकि बीच में बाजार सेंटर देखावल बा।

वॉन थ्यूनेन मॉडल भा वॉन थ्यूनेन के खेती के लोकेशन मॉडल (जर्मन: Thünensche Ringe; अरथ: थ्यूनेन मुनरिका, भा थूनेंन के चूड़ीदार पट्टी) एगो सैद्धांतिक मॉडल हवे जे में खेती के पैटर्न बजार के सेंटर के चारो ओर कवना तरीका से अस्थापित होला, एकर बिस्लेषण आ बिबरन दिहल गइल बा। जर्मन बिद्वान अलेक्ज़ेंडर फ़ॉन थू'नेंन द्वारा दिहल एह सिद्धांत भा मॉडल में ई बतावल गइल बा कि बजार से दूरी, खेती के पैटर्न के परभावित करे वाला एगो प्रमुख कारण होला आ जे खेत बाजार के नगीचे होला उहाँ दुसरे किसिम के खेती होला जबकि दूर वाली जमीन पर दुसरे तरह के खेती भा भूमि-उपयोग पनपे ला। एकर कारण बाजार से दूरी के अनुपात में बदले वाली परिवहन लागत, आ एकरे कारण मिले वाला लोकेशनल लगान में होखे वाला बदलाव होला।

ई मॉडल खेती के भूगोल में प्रमुखता से पढ़ल जाए वाला मॉडल हवे।

संदर्भ[संपादन करीं]