ब्लू मून

विकिपीडिया से
दिसंबर 2009 के चनरगरहन के दिन ब्लू मून भी रहल।

ब्लू मून (अंग्रेजी: Blue moon; अरथ: नीला चाँद) एगो खगोलीय घटना हवे जेह में कौनों एक सीजन में पड़े वाली चउथी पुर्नवासी के चनरमा (पूरा चनरमा), या फिर एकही (अंग्रेजी) महीना में अगर दू बेर पुर्नवासी पड़े तब दुसरी पुर्नवासी के चनरमा के ई नाँव दिहल जाला। हालाँकि एकर चनरमा के रंग से कौनों मतलब ना बा आ वास्तव में एह दिन चनरमा नीला रंग के ना लउके ला।

जब महीना में दुसरी बेर पुर्नवासी होखे आ ओही दिन पूरा चनरगरहन भी लागे तब अइसन स्थिति में ब्लू मून आ रेड मून दूनों एक्के साथ होखे ला। अइसन 31 जनवरी 2018 के लागे वाला चनरगरहन में होखी।[1]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Trevor Nace. "Brace Yourself: A Supermoon, Blue Moon And Total Lunar Eclipse All In One Night". Forbes.com. Retrieved 2018-01-11.