विकिपीडिया:Out of scope

विकिपीडिया से

कौनों लेख के बिसय भा एकरे अंदर लिखल जा सके वाली बिसयबस्तु ओह लेख के स्कोप होला, ई बिस्वास जोग स्रोत से दिहल गइल संदर्भ से निर्धारित होला। लेख के बिसयबस्तु, यानी ओह में शामिल कइल जाए वाली सामग्री, के बिस्तार भा ब्यापकता में एह बात के निश्चित कइल जाला कि कवन चीज लेख से संबंधित बा आ कवन चीज एकरे दायरा से बाहर के चीज बा।

आदर्श रूप में, लेख के भूमिका या पहिली लाइन या पहिला पैराग्राफ एह बात के परिचय देला कि लेख में कवन-कवन बिसय सामिल कइल गइल बा।