Jump to content

जमुना

विकिपीडिया से
(यमुना नदी से अनुप्रेषित)
जमुना
यमुना
नदी
देस  भारत
राज्य उत्तराखंड, हिमाचल प्रदेश, उत्तर प्रदेश, हरियाणा, दिल्ली
सहायिका
 - बायें से हिंडन, शारदा, गिरी, ऋषिगंगा, हनुमान गंगा, ससुर खदेरी
 - दहिने से चंबल, बेतवा, केन नदी, सिंध, टोंस
शहर यमुना नगर, दिल्ली, मथुरा, आगरा, इटावा, कालपी, इलाहाबाद
उदगम यमुनोत्री
 - लोकेशन बंदरपुंछ चोटी, उत्तरकाशी जिला, उत्तराखंड, भारत
 - ऊँचाई 3,293 मी (10,804 फीट)
 - निर्देशांक 31°01′0.12″N 78°27′0″E / 31.0167000°N 78.45000°E / 31.0167000; 78.45000
मुहाना संगम
 - लोकेशन इलाहाबाद, भारत
 - ऊँचाई 74 मी (243 फीट)
 - निर्देशांक 25°25′11.44″N 81°53′5.80″E / 25.4198444°N 81.8849444°E / 25.4198444; 81.8849444निर्देशांक: 25°25′11.44″N 81°53′5.80″E / 25.4198444°N 81.8849444°E / 25.4198444; 81.8849444
लंबाई 1,376 किमी (855 मील)
थाला 366,223 किमी2 (141,399 वर्ग मील)
जलनिकास मुहाना
 - औसत 2,950 m3/s (104,178 cu ft/s) [1]
नक्शा पर यमुना नदी के थाला

जमुना नदी (हिंदी: यमुना) उत्तरी भारत के एक ठो प्रमुख नदी हवे जे उत्तराखंड राज्य में यमुनोत्री से निकले ले आ प्रयाग में गंगा नदी में मिल जाले। ई उत्तरी भारत के इलाका में, गंगा नदी के सभसे बड़हन सहायिका नदी हवे। उत्तराखंड में मध्य हिमालय के बंदरपुंछ चोटी के पच्छिमी हिस्सा में मौजूद यमुनोत्री ग्लेशियर से करीबन 6,387 मीटर के ऊंचाई पर एह नदी के उदगम होला आ ई नदी कुल 1,376 किलोमीटर (855 मील) के दूरी तय करे ले जबकि एकरे थाला के बिस्तार कुल 366,223 वर्ग किलोमीटर (141,399 वर्ग मील) एरिया में बा जे गंगा नदी के कुल थाला के लगभग 40.2% हिस्सा बाटे। जमुना नदी, इलाहाबाद में गंगा नदी से मिले ले आ एह अस्थान के त्रिवेणी संगम के नाँव से जानल जाला, हिंदू धर्म में पबित्र तीर्थ के रूप में एह जगह के मान्यता हवे आ हर साल इहाँ माघ मेला आ हर बारहवाँ बरिस कुंभ मेला लागे ला।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Jain, Sharad K.; Agarwal, Pushpendra K.; Singh, Vijay P. (2007). Hydrology and water resources of India. Springer. p. 341. ISBN 978-1-4020-5179-1. Retrieved 26 April 2011.