सेव

विकिपीडिया से

सेव
फल
फूल
बैज्ञानिक वर्गीकरण
किंगडम: Plantae
(बिना रैंक कइल): Angiosperms
(बिना रैंक कइल): Eudicots
(बिना रैंक कइल): Rosids
ऑर्डर (Order): Rosales
परिवार: Rosaceae
जाति (Genus): Malus
प्रजाति: M. domestica
दूपद नाँव
Malus domestica
Borkh., 1803
अउरी दूसर नाँव

Malus communis Desf.
Malus pumila auct.[1]
Pyrus malus L.[2]

सेव भा सेब ((अंग्रेजी: Apple; Malus domestica) एगो फलदार फेड़ हवे जेह पर गोल-गोल गुद्देदार फर फरे ला। एकरे फल के भी सेब भा सेव कहल जाला। ई समशीतोष्ण इलाका के फल हवे आ भारत में आमतौर प पहाड़ी इलाका में एकर बाग होला। काश्मीर आ हिमाचल प्रदेश में एकर बागान बाड़ें। वैश्विक दृष्टि से एकर मुख्य स्थान मध्य एशिया रहल। बाद में ई यूरोप में भी उगावल जाए लागल। हजारों वर्षों से ई एशिया तथा यूरोप में उगावल जा रहल बा। एकर विशेष धार्मिक महत्व बा। पूजा पाठ में एकर खास महत्व बा। स्वास्थ्य के दृष्टि से भी ई एगो बहुत फायदेमंद फल बाटे। एगो प्राचीन कहावत बा कि प्रतिदिन एगो सेव खाए वाला आदमी के डॉक्टर वैद्य के लगे जाए के जरूरत ना पड़ी।


संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Malus pumila auct". Germplasm Resources Information Network (GRIN). Retrieved 4 जनवरी 2012.
  2. "Pyrus malus L." Germplasm Resources Information Network (GRIN). Retrieved 29 जनवरी 2012.