सिवान

विकिपीडिया से
सिवान
𑂮𑂱𑂫𑂰𑂢
शहर
सिवान is located in Bihar
सिवान
सिवान
बिहार में सिवान के अवस्थिती
Coordinates: 26°13′12″N 84°21′36″E / 26.22000°N 84.36000°E / 26.22000; 84.36000निर्देशांक: 26°13′12″N 84°21′36″E / 26.22000°N 84.36000°E / 26.22000; 84.36000
देश भारत
राज्यबिहार
जिलासिवान
Elevation
77 m (253 ft)
Population
 (2001)
 • Total182,913
भाषा
 • अधिकारिकभोजपुरी/𑂦𑂷𑂔𑂣𑂳𑂩𑂲, हिंदी
Time zoneUTC+5:30 (भामस)
पिन कोड
841226-841227
लोक सभा निर्वाचन क्षेत्रसिवान
विधान सभा निर्वाचन क्षेत्रसिवान
Websitehttp://www.siwan.bih.nic.in/

सिवान भारत की बिहार प्रांत में एगो शहर बा जेवन एही नाँव की जिला क मुख्यालयो हवे।

भूगोल[संपादन करीं]

सिवान (पुरान नाम अलिगंज)26°13′N 84°22′E / 26.22°N 84.36°E / 26.22; 84.36 अक्षांश पर स्थित बा।[1] सिवान के औसत ऊँचाई 77 मीटर (252 फिट) बा।

जनसांख्यिकीय[संपादन करीं]

2011 के भारतीय जनगणना के अनुसार,[2] सिवान के जनसंख्या 3,318,176 रहल। जनसंख्या में पुरुष के सहभागिता 50.4% आ महिलाकुल के 49.6% रहल। सिवान में साक्षरता के दर 72% रहल, राज्य के साक्षरता औसत 63.8% से अधिक : पुरुषकुल के साक्षरता दर 82.8% बा, आ महिलाकुल के 60.4% साक्षरता दर बा। हालाकी राष्ट्रीय शैक्षणिक दर 74% से कम बा। पुरुषकुल के साक्षरता दर अचानक बढल बा बाकि, महिलाकुल के साक्षरता दर अभी तक बहुते पीछे बा। 2001 से 2011 के बीच , महिला लिंग अनुपात 1031 महिला प्रति एक हजार पुरुष से गिर के 984 महिला प्रति एक हजार पुरुष पर गिर चुकल बा। हालाकि इ दर राष्ट्रिय लिंग अनुपात दर 940 से बेहतर बा बाकि तेज गिरावट एगो चिंताजनक बात बा।

इतिहास[संपादन करीं]

शब्द "सिवान" के मतलब भोजपुरी में सिमा होला। हाल के समय में इ बिहार, भारत के सिमा पर स्थित नईखे बल्कि कउनो समय में अहिजा भारत के सिमा रहल। डॉ0 राजेन्‍द्र प्रसाद (दिसम्बर 3, 1884– फरवरी 28, 1963) भारत के प्रथम राष्ट्रपति रहलन। उनका जन्म सिवान के जिरादेई में भइल रहल।

राजेन्द्र प्रसाद भारतीय स्वतंत्रता के कार्यकर्ता रहनी आ कांग्रेस पार्टी के नेता रहनी। भारतीय स्वतंत्रता आंदोलन में इहाके एक प्रमुख भूमिका निभइले रहनी। उहाँ के संविधान सभा के प्रमुख के रुप में भी भूमिक निभइले रहनी जिनके अध्यक्षता में 1948 से लेके 1950 के बीच गणतंत्र संविधान के मसौदा तैयार भइल। उँहाके स्वतंत्र भारत में प्रथम भारत के कैबिनेट में भी थोड़ा समय खातिर कैबिनेट मंत्री के रुप में आपन सेवा देले रहनी।

देशरत्न डॉ0 राजेन्‍द्र प्रसाद स्वतंत्रता आंदोलन में नेतृत्व करे खातिर जेतना हो सकत रहे ओतना दिन पटना में रहनीं। 6 फरवरी 1921 के बिहार विद्यापीठ के स्थापना भइल तब से उँहाके अहिजा खातिर काम कईनी, अहिजा रहनी।

ध्यान देबे लाएक बात की बहुत हाल ले सिवान में "कैथी" लिपि में भोजपुरी लिखल जात रहल ह। पर सरकारी प्रोपगेंडा आ हिंदी के प्रचार प्रसार के फेरा में कैथी (𑂍𑂶𑂟𑂲) लिपि आ भोजपुरी भाषा, ई दुनू के बलि दे दिहल गइल।

उल्लेखनीय व्यक्ति[संपादन करीं]

डॉ0 राजेन्द्र प्रसाद- स्वतंत्र भारत के प्रथम राष्ट्रपति, डॉ0 राजेन्द्र प्रसाद जी के घर जिरादेई गाँव में अवस्थित बा, जौन कि अहिजा से 8 किमी पश्चिम में स्थित बा। उँहा के स्वंत्रता आंदोलन के एगो कार्यकर्ता रहनी आ कांग्रेस पार्टी के नेता भी रहनी, भारतीय स्वतंत्रता खातिर इहाँके एगो अहम भूमिका निईले रहनी।

शिक्षा[संपादन करीं]

कॉलेज

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Falling Rain Genomics, Inc – Siwan
  2. "Census of India 2001: Data from the 2001 Census, including cities, villages and towns (Provisional)". Census Commission of India. Archived from the original on 2004-06-16. Retrieved 2008-11-01.