हप्ता

विकिपीडिया से
(सप्ताह से अनुप्रेषित)

हप्ता भा हफ्ता (अंग्रेजी: week; हिंदी: सप्ताह), कैलेंडर में समय के नाप के एगो इकाई हवे। आम चलन में अतवार, सोमार, मंगर, बुध, बियफे, शुकशनिच्चर के सातों दिनन के मिला के हप्ता बने ला। हालाँकि, पुराना समय में कुछ इलाकन में छह दिन आ आठ दिन के हप्ता के इस्तेमाल भी होखत रह चुकल बाटे। लगभग दुसरी सदी में रोमन लोग आपन आठ दिन के हप्ता के छोड़ के सात दिन वाला हप्ता के सिस्टम अपना लिहल जे बाद में बिस्व के बाकी हिस्सन में फइल गइल। भारत में हप्ता के इकाई के इस्तेमाल के शुरुआत 6वीं सदी से भइल मानल जाला।

हप्ता के पहिला दिन आमतौर पर अतवार के आ आखिरी दिन शनिच्चर के मानल जाला। हालाँकि, आइएसओ मानक में हप्ता के शुरुआत सोमार से होखे ला। मध्य एशिया के कई देसन में शुक (जुम्मा) के दिने हप्ता खतम होखे ला आ शनीचर से शुरुआत मानल जाला। भारत में आ भोजपुरी क्षेत्र में अतवार हप्ता के पहिला दिन आ शनीचर आखिरी दिन मानल जाला।

हप्ता के सातों दिनन के नाँव सात गो ग्रह सभ से जोड़ के रखल गइल हवे।