सत्यार्थ प्रकाश

विकिपीडिया से

"सत्यार्थ प्रकाश" के रचना आर्य समाज के संस्थापक महर्षि दयानंद सरस्वती जी कइले रहलें। हालांकि उनकर मातृभाषा गुजराती रहे आ उनका संस्कृत के एतना ज्ञान रहे कि संस्कृत में धाराप्रवाह बोलत रहले, तबो उहाँ के एह किताब के रचना हिन्दी में कइले रहनी। कहल जाला कि 1872 में जब स्वामीजी केशवचंद्र सेन से कलकत्ता में भेंट कइले त स्वामीजी के सलाह दिहलन कि संस्कृत छोड़ के हिंदी बोलल शुरू कर दीं, तब भारत के बहुते फायदा होई. तब से स्वामी जी के व्याख्यान के भाषा हिन्दी हो गइल आ शायद एही कारण से स्वामी जी सत्यार्थ प्रकाश के भाषा के खाली हिन्दी के रूप में रखले।