विकिपीडिया:विकिप्रोजेक्ट भूगोल

विकिपीडिया से
विकिप्रोजेक्ट

भूगोल
परिचयगाइडटॉपिकसंसाधनचर्चासदस्य


भूगोल पृथ्वी के बर्णन करे वाला बिज्ञान हवे।

एगो भूगोलवेत्ता के काम होला:

  • पृथ्वी के अलग-अलग जगहक्षेत्र के बर्णन कइल।
  • पृथ्वी के सतह पर पावल जाए वाला बिबिध चीज के अलग-अलग जगह पर अलग-अलग मात्रा या रूप में पावल जाए के बर्णन कइल।
  • पृथ्वी पर चीजन के असमान बितरण के ब्याख्या कइल।
  • पृथ्वी पर बिभिन्न चीजन के असमान बितरण से बने वाला पैटर्न के पहिचान आ ब्याख्या कइल।
  • मनुष्य आ ओकरे पर्यावरण के बीच के संबंध के स्थान आ क्षेत्र के हिसाब से ब्याख्या कइल।
  • मनुष्य के कल्याण में स्थान आ क्षेत्र के अध्ययन से योगदान कइल आ प्रादेशिक प्लानिंग खातिर सामग्री उपलब्ध करावल।

प्रोजेक्ट के मकसद

एह विकिप्रोजेक्ट के मकसद बाड़ें:

  • विकिपीडिया पर जगह (स्थान) आ क्षेत्र के बारे में बनल लेख सुधारल आ जवना जगह के बारे में अभिन ले लेख नइखे बनल ओह पर लेख बनावल।
  • भूगोल के बिबिध शाखा सभ के बारे में लेख के बिस्तार कइल।
  • जगह के बारे बनल लेखवन में नक्शा, ज्ञानसंदूक आ अक्षांश-देशांतर के जानकारी अपडेट कइल।
  • स्थान के हिसाब से महत्व वाली घटना सभ पर लेख बनावल, बढ़ावल आ सुधार कइल।

एह प्रोजेक्ट से जुड़े खातिर आप के स्वागत बाटे।

आगे पढ़ीं : गाइड