लूहि

विकिपीडिया से
संतरा कलर से देखावल लूहि के रस्ता; ई हवा भारतीय उपमहादीप में रेगिस्तानी इलाका से गंगा मैदान के ओर बहे ले।

लूहि (अंग्रेजी: Loo winds) भारत आ पाकिस्तान में गर्मी की सीजन में बहे वाली लोकल पछुआ हवा हवे। लूहि तेज, धूर-धक्कड़ भरल, झकोरेदार, बहुत गरम आ सूखल लोकल हवा हवे। जे सिंधु-गंगा के मैदान में पच्छिम से पूरुब के बहे ले।[1] ई हवा बिसेस रूप से मई आ जून में सभसे बेसी बहे ले। एकरे बहुत गरम होखे (45 °C–50 °C or 115 °F–120 °F) के कारन सीधे ई हवा लाग जाए पर हीटस्ट्रोक, मने की गर्मी खा लेवे के सेहत संबंधी समस्या, हो सके ला।[1]

ई हवा एकदम कम नमी वाली होखे ले आ एही कारन एकर बनस्पति पर परभाव भी झुलसा देवे वाला होखे ला।[2]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. 1.0 1.1 S.V.S. Rana (2007), Essentials of Ecology and Environmental Science, Prentice Hall of India, ISBN 978-81-203-3300-0, ... In the plains of northern India and Pakistan, sometimes a very hot and dry wind blows from the west in the months of May and June, usually in the afternoons. It is known as loo. Its temperature invariably ranges between (115°F-120°F) 45 °C and 50 °C (115°F-120°F). People, when exposed to loo ...
  2. Barbara Tufty (1987), 1001 Questions Answered About: Hurricanes, Tornadoes and Other Natural Air Disasters, Dover Publications, ISBN 0-486-25455-0, ... This wind dries out crops and makes people fretful by its eerie singing ...