लुंबिनी

विकिपीडिया से
(लुम्बिनी से अनुप्रेषित)
लुंबिनी में स्तंभ

लुंबिनी (अंग्रेजी: Lumbini) नेपाल में भैरहवा की लगे एगो अस्थान बा जहाँ मान्यता के अनुसार भगवान बुद्ध के जनम भइल रहे। एही से आजु ई जगह एगो बहुत महत्व के बौद्ध तीर्थ हो गइल बा आ इहाँ पूरा विश्व से बौद्ध लोग तीर्थ यात्रा पर आवे लें।

बौद्ध धर्म की चार गो सबसे प्रमुख तीर्थ में लुंबिनियो एगो बा, बाकी तीन गो बोधगया, सारनाथकुशीनगर बाड़ें।