मी टू मूवमेंट

विकिपीडिया से

मी टू मूवमेंट (MeToo Movement चाहे #MeToo Movment) एगो बिस्वब्यापी मोहीम भा आंदोलन बा जेह में औरतन द्वारा इंटरनेट पर हैशटैग #MeToo के साथे अपने साथ भइल सेक्सुअल दुरबेहवार के उजागर कइल जा रहल बा। अंतर्राष्ट्रीय स्तर प ई मोहीम साल 2017 में जोर पकरलस आ हाल के दिन में भारत में एह मोहीम के तहत कई लोग अपना साथे भइल खराब बेहवार के खुलासा कइल।[1] ऐक्ट्रेस तनुश्री दत्ता द्वारा नाना पाटेकर पर आरोप लगावल गइल[2] जेकरा से ई मुद्दा मीडिया में आ गइल आ एकरे बाद पत्रकार आ मोदी मंत्रालय में सदस्य एम जे अकबर[3] आ टीवी आ फिलिम एक्टर अलोकनाथ पर अइसन आरोप लगे के बाद ई ब्यापक कभरेज वाला बिसय बन गइल।

एकरे इतिहास के बात कइल जाय तब, एगो अमेरिकी सोशल एक्टीविस्ट तराना बुर्के एह शब्द के इस्तमाल साल 2006 में कइले रहली। बाकी ई पापुलर भइल साल 2017 में जब अमेरिकी ऐक्ट्रेस अलीसा मिलानो (Alyssa Milano) एकर इस्तमाल कइली आ औरतन के एह बात खाती बढ़ावा दिहली कि अपना साथे भइल दुरबेहवार के साझा करे लोग "ताकि लोग के एह समस्या के मात्रा (की अइसन घटना केतना ब्यापक बा) के बारे में बुझा सके"।[4][5]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Metoo Indian Celebs Accused Of Sexual Harassment - मी टू कैंपेन की चपेट में अब तक आए ये स्टार्स, किसी ने की मारपीट तो किसी ने की गंदी हरकत - Amar Ujala Hindi News Live". Amarujala.com. Retrieved 10 अक्टूबर 2018.
  2. Tridev Kumar Sharma. "MeToo Movement India Live Updates Harassment Allegations in India LIVE | तनुश्री दत्ता पहुंचीं पुलिस स्टेशन- बयान दर्ज कराए; 'मी टू' आंदोलन ने जोर पकड़ा". Bhaskar.com. Retrieved 10 अक्टूबर 2018.
  3. "एमजे अकबरः विदेश राज्य मंत्री #MeToo के आरोपों के घेरे में - BBC News हिंदी". Bbc.com. 1970-01-01. Retrieved 10 अक्टूबर 2018.
  4. Khomami, Nadia (20 अक्टूबर 2017). "#MeToo: how a hashtag became a rallying cry against sexual harassment". Archived from the original on 21 नवंबर 2017 – via The Guardian.
  5. Guerra, Cristela (17 अक्टूबर 2017). "Where'd the "Me Too" initiative really come from? Activist Tarana Burke, long before hashtags - The Boston Globe". Boston Globe. Archived from the original on 17 अक्टूबर 2017. Retrieved 18 अक्टूबर 2017. {{cite web}}: Unknown parameter |dead-url= ignored (help)