भारतीय पहिनावा

विकिपीडिया से
(भारतीय पोशाक से अनुप्रेषित)
विद्या बालन, साड़ी में

भारतीय पहिनावा या भारतीय पोशाक (अंग्रेजी: Clothing in India) भारत के लोग द्वारा पहिरल जाए जाए वाला कपड़ा के समूह आ तरीका हवे| भारत अधिकतर हिस्सा में के पुरुष लोग के परंपरागत परिधान धोती कुर्ता आ औरत लोग के परिधान साड़ी हवे| हालाँकि, क्षेत्र के अनुसार एह में काफी अंतर देखे के मिले ला। एकरे अलावा सामाजिक स्थिति, अवसर के साथ भी अंतर देखाई पड़े ला आ समय के साथ अन्य संस्कृति सभ के प्रभाव से भारतीय पहिनावा में बहुत बदलाव भी आइल बाटे।