नीलपंखी सुग्गा

विकिपीडिया से

नीलपंखी सुग्गा या हिंदी में मदनगोर तोता (अंग्रेज़ी:Blue winged parakeet) एगो सुग्गा परिवार क चिरई हवे।

शरीर क आकार लगभग मैना की बराबर होल या कुछ बड़हन होला आ नोकदार पोंछ होले। एकर शरीर क रंग बाकी सुग्गन नियर धानी या पियराहूँ हरियर न होके मतियाहूँ या स्लेटी हरियर होला। एकर पाँख आ डैना नीला रंग क होला, जेवन एकरी नांव का कारन हवे।

ई दक्खिनी भारत में 500 से 1500 मीटर की ऊंचाई पर मिले वाला जंगल कुल में रहे वाला सुग्गा हवे। भारत की अलावा ई श्री लंका में भी पावल जाला।

एकर मुख्य भोजन पीपर की गोदा आ अइसने दूसर गोदा वाला फल आ अनाज क दाना हवे।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]