दिघोंच

विकिपीडिया से

दिघोंच
Male and female (left-right)
About this sound Call
बैज्ञानिक वर्गीकरण
किंगडम: Animalia
फाइलम: Chordata
क्लास: Aves
ऑर्डर (Order): Anseriformes
परिवार: Anatidae
उपपरिवार: Anatinae
जाति (Genus): Anas
प्रजाति: A. acuta
दूपद नाँव
Anas acuta
Linnaeus, 1758
     Breeding range     Year-round range     Wintering range     X Vagrant
अउरी दूसर नाँव

Dafila acuta

दिघोंच (Anas acuta) के अंडा के चित्र।

दिघोंच (अंग्रेजी: Northern pintail, बै॰:Anas acuta) चिरइन के एगो प्रजाति बाटे। ई पनिहा चिरई हवे आ अपना आकृती में बत्तख आ हंस के बीच के होखे ले आ साइज में ई माझिल आकार के होखे ले। नर आ मादा के बीचा में रंग-रूप में भरपूर लैंगिक बिसमरूपता पावल जाले, मने कि दुनों के रंगरूप अलग-अलग होखे ला।

ई एगो प्रवासी चिरई हवे आ गरमी के दिना में उत्तरी ठंडा प्रदेश में रहे ले आ एही इलाका में इनहन के प्रजनन भी होखे ला। जाड़ा के दिन में ई दक्खिन उतर आवे लीं आ गर्म-इलाका में आ जालीं जे में पूरा मानसूनी इलाका सामिल बा आ कुछ समशीतोष्ण इलाका भी। ई आस्ट्रेलिया महादीप के छोड़ के बाकी सगरी महादीप में मिले ले। हालाँकि, अफिरका, दक्खिनी अमेरिका (एकदम उत्तरी हिस्सा) आ दक्खिन एशिया में ई बस जाड़ा भर प्रबास पर रहे लीं।

प्रजाति के बिलुप्त होखे के आधार पर इनहन के खतरा मुक्त श्रेणी में रखल गइल बा काहें की ई भरपूर संख्या में पावल जालीं।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. BirdLife International (2013). "Anas acuta". IUCN Red List of Threatened Species. Version 2013.2. International Union for Conservation of Nature. Retrieved 26 मई 2016. {{cite web}}: Invalid |ref=harv (help)CS1 maint: uses authors parameter (link)

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]