गोलघर

भोजपुरी विकिपीडिया से
अहिजा जाईं: परिभ्रमण, खोजीं
गोलघर

गोलघर, बिहार प्रांत के राजधानी पटना में गाँधी मैदान के पश्चिम में स्थित बा। 1770 में आईल भयंकर सूखा के दौरान ब्रिटिश कैप्टन जान गार्स्टिन अनाज़ के (ब्रिटिश फौजवन खातिर) भंडारण खातिर इस गोल ढाँचा के निर्माण करवले रहल। ई में एक साथ 140000 टन अनाज़ रखल जा सकत बा। इ के निर्माण कार्य ब्रिटिश राज में 20 जुलाई 1786 के संपन्न भईल रहल

ई के आधार 125 मीटर, आ ऊँचाई 29 मीटर बा. ई में कौनो आधार स्तम्भ नईखे आ ई का देवाल आधार में 3.6 मीटर मोट बा। 145 सीढियन के सहारे रउआ इ के उपर वाला भाग पर जा सकत बानी जहाँ से शहर के एगो बड़ हिस्सा देखल जा सकत बा आ गंगा के मनोहारी दृश्यन के भी अहिजा से निहारल जा सकत बा।