गुरु गोबिंद सिंह इन्द्रप्रस्थ विश्वविद्यालय

भोजपुरी विकिपीडिया से
अहिजा जाईं: परिभ्रमण, खोजीं

गुरु गोबिंद सिंह इन्द्रप्रस्थ विश्वविद्यालय या खाली आई. पी. दिल्ली में एगो सार्वजनिक वृतिक विश्वविद्यालय ह. एकर निर्माण १९९८ में करल गईल रहे जे की अब १२० से भी ज्यादा कालेजों के सम्बद्ध करेले जे की राष्ट्रीय राजधानी क्षेत्र तक फईलल बाड़े. विश्वविद्यालय के मुख्य परिसर में १५ शिक्षालय और कश्मीरी गेट परिसर में एगो संघटक कालेज - इंदिरा गाँधी प्रौद्योगिकी संसथान बाटे.

गुरु गोबिंद सिंह इन्द्रप्रस्थ विश्वविद्यालय के देश के शिक्षा के क्षेत्र के प्रवर्तकों में गिनल जाला. ई पहिली और एकमात्र, भारतीय और एशीआई विश्वविद्यालय ह जेकरा "प्लाटिनम टेकनोलौजी अवार्ड फॉर क्वालिटी एंड एक्सीलेंस" जीनीवा स्वीज़रलैंड में शिक्षा के क्षेत्र में मिलल बा. ई पुरस्कार "अदरवेज मैनेजमेंट एंड कनसलटिंग" द्वारा दिहल गईल बा.

विश्वविद्यालय के, राष्ट्रमंडल विश्वविद्यालय संघ, भारतीय विश्वविद्यालय संघ, भारतीय चिकित्सा परिषद्, दूरशिक्षा परिषद् के सदस्यता प्राप्त बा.

[सम्पादन] विस्तार से

गुरु गोबिंद सिंह इन्द्रप्रस्थ विश्वदियालय २८ मार्च १९९८ के संस्थापित करल गईल रहे अउर प्रोफेस्सर के. के. अग्रवाल एकर पहिला कुलपति बनावल गईलें. विश्वविद्यालय के नाम प्राचीन और पौराणिक शहर इन्द्रप्रस्थ के ऊपर रखल गईल. बाद में २००१ में एकर औपचारिक नाम सिक्ख लोगन के दसवें गुरु, श्री गुरु गोबिंद सिंह के ऊपर रखल गईल. यद्यपि विश्वविद्यालय एगो धर्म निर्पेक्ष्य संस्था ह अउर एकर कउनों धार्मिक सम्बद्धता नइखे.

सन १९९७ में दिल्ली में चार गो विश्वविद्यालय रहूवे - दिल्ली विश्वविद्यालय, जवाहर लाल नेहरु विश्वविद्यालय, जामिया मिल्लिया इस्लामिया विश्वविद्यालय और इंदिरा गाँधी राष्ट्रीय मुक्त विश्वविद्यालय. दिल्ली विश्वविद्यालय एक मात्र सम्बद्ध करे वाली विश्वविद्यालय रहूवे अउर ओ समय, ई एकहू नया कालेज या फिर राजकीय कालेज के सम्बद्ध करला के स्तिथि में न रहूवे. अतः दिल्ली विश्वविद्यालय अउर बाकि के विश्वविद्यालयों पर आवश्यकता से अधिक छात्रों के पड़ रहल बोझ के कम करला के खातिर गुरु गोबिंद सिंह इन्द्रप्रस्थ विश्वविद्यालय के निर्माण करल गईल. लेकिन ई अब बहुते अच्छा विकल्प बन चुकल बा.

विश्वविद्यालय में ८५ फ़ीसदी सीट दिल्ली के विद्यार्थी खातिर आरक्षित करल गईल. ए आरक्षण से विद्यार्थियों के काफी रहत मिलल काहे की अब उनका लोग के दाखिला खातिर अउर कउनों राज्य में जयिला के जरुरत न रहूवे. ओ समय ५००० अलग अलग क्षेत्रो में बनावल गईल रहे, जे की अब ५०००० से अधिक के आँकड़ा पार कर गईल बा.

[सम्पादन] परिसर

विश्वविद्यालय के दू गो परिसर बा - एक कश्मीरी गेट अउर दोसर द्वारका में . कश्मीरी गेट एकर पहिला परिसर ह जेमे एकर संस्थापना करल गईल अउर द्वारका एकर नया परिसर ह. वर्तमान में ई द्वारका परिसर से कार्यशील ह. सगरी विभाग कश्मीरी गेट से विस्थापन कर चुकल ह खाली इंदिरा गाँधी प्रौद्योगिकी संसथान के छोड़ के. द्वारका परिसर में विश्वविद्यला के लगभग सभी विभाग कार्यशील ह जे की ३००० से भी अधिक स्नातक और स्नातकोत्तर छात्रों के वृतिक शिखा प्रदान कर रहल बाड़े.

भविष्य में कश्मीरी गेट परिसर में इंदिरा गाँधी प्रौद्योगिकी संसथान और अम्बेडकर विश्वविद्यालय कार्यशील होई. अन्तराष्ट्रीय स्तर के अनुसन्धान और आविष्कार सुविधा से लैस, के लक्ष्य के साथ, विश्वविद्यालय पूर्वी दिल्ली में भारतीय सूचना प्रौद्योगिकी संसथान के निर्माण करी. ई सूरजमल विहार में १५ एकड़ के जमीन पर बनी और एकरा के विश्वविद्यालय के पूर्वी परिसर कहल जाई.

[सम्पादन] बाहरी कड़ियाँ

गुरु गोबिंद सिंह इन्द्रप्रस्थ विश्वविद्यालय के औपचारिक वेबसाइट

ब्यक्तिगत औजार

Variants
Actions
परिभ्रमण
विविध
भारतीय विकिपीडिया
औजार-पेटी
अन्य भाषा में