कैमरा

विकिपीडिया से
Canon FT camera (1966)

कैमरा एगो अइसन यंत्र हवे जेवना से फोटो खींचल जाला। ई फोटोग्राफी क मुख्य औजार हवे। कैमरा मूल रूप से दू परकार क होला फिलिम वाला या रील वाला अउरी डिजिटल

उपयोग की आधार पर भी एके दू परकार में बाँटल जाला स्टिल कैमरा आ वीडियो कैमरा। हालाँकि अब ज्यादातर कैमरा अइसन बनत बाड़ें की फोटो कैमरा से वीडियो भी रिकार्ड कइल जा सकत बा आ वीडियो कैमरा से स्थिर फोटो भी खींचल जा सकत बा।

एकरी आलावा कैमरा अब स्वतंत्र रूपसे अलगा एगो यंत्र होखो इहो जरूरी नइखे बलुक बहुत सारा औजारन आ मशीनरी में कैमरो लागल रहत बा। मोबाइल कंप्यूटर आ अइसन बहुत सार यंत्रन में अब कैमरा संगही लागल रहत बा।