अपसौर

भोजपुरी विकिपीडिया से
अहिजा जाईं: परिभ्रमण, खोजीं
१. अपसौर का स्थिति, २. उपसौर क स्थिति

अपसौर (अंग्रेजी: Aphelion) ओ स्थिति के कहल जाला जब कौनो ग्रह अपनी कक्षा में सूर्य क चक्कर लगावत समय सूर्य से सबसे दूर वाला बिंदु पर रहेला। ए समय ओकर वेग सबसे कम रहेला। अइसन ए वजह से होला कि सारा ग्रह सूर्य क चक्कर दीर्घवृत्ताकार कक्षा में लगावेलें।

केपलर की नियम की अनुसार होला।

पृथ्वी अपनी अपसौर की स्थिति में सूर्य से 152,097,701 कि॰मी॰ (1.0167103335 AU) की दूरी पर रहेले आ इ लगभग ३-४ जून के होला।

संदर्भ[सम्पादन]